Menu
blogid : 8042 postid : 51

नक़ल पर रोक एक भोजपुरी ब्यंग !

LIFE VIEW
LIFE VIEW
  • 19 Posts
  • 156 Comments

नक़ल पर ए भईया लागल जब से रोक हो
रोव ताने बबुआ मनाव ताने शोक हो
कह ताने असओं हम पास नाही होखेब
खोलि के दोकान आलू भंटा हम जोखेब
निकली रिजल्ट जहिया लोर हम बहाएब
लगत बा मेरिट में नीचे से आएब
घूम घूम फिलिम देखे हाले में गयिने
येही से पलिहर के बानर ऊ भयिने
स्कूल में गुरु जी के बात नाही मनलें
कापी आ किताब के कुछऊ ना जनलें
परीक्षा में बईठ देख रोव ताने बबुआ
एन्ने ओन्ने ताकि चीट जोह ताने बबुआ
बरीश भर बबुआ कयिने नक़ल के आस हो
पढ़ी ना त सुनी सभे कईसे होईल जाई पास हो
जे० डी० के आप सब से इहे बा अरदास हो
मन लगा के पढ़ीं सभे अउर हो जायीं पास हो

Read Comments

    Post a comment

    Leave a Reply